बनल रहा बरियार मोदी जी's image
Poetry2 min read

बनल रहा बरियार मोदी जी

Dhirendra PanchalDhirendra Panchal October 25, 2021
Share0 Bookmarks 228771 Reads1 Likes

छूट गइल कुल यार संघाती , घरवां के परिपाटी ।

दिन से भइली हीन गाँव क गरियावेले माटी ।

धय धय लोला दाबेले सरकार मोदी जी ।

राम करें तूं बनल रहा बरियार मोदी जी ।


चिक्कन चिक्कन बात तू खाली टीबी से बतियावा ।

समय के मारल लइकन के कह पुलिस से लतियावा ।

बस भाषण में बांटा तू रोजगार मोदी जी ।

राम करें तूं बनल रहा बरियार मोदी जी ।


माई बहिन क गारि देवे खातिर हव परशासन ।

सुन सुन के बरदास करिले जइसे कुस के डासन ।

पढ़ लिख के भी ताकि मुँह तोहार मोदी जी ।

राम करे

No posts

Comments

No posts

No posts

No posts

No posts