
Share0 Bookmarks 181 Reads2 Likes
शहनाई ना सहाला.. जबसे चल गईलू तूँ,
रोआई ना रोकाला ..जबसे चल गईलू तूँ |
हमके जोगिया बनाके,
हमके रोगिया बनाके बदल गईलू तूँ,
दवाई ना घोंटाला ..जब से चल गईलू तूँ |
शहनाई ना सहाला....
लोगवा पागल कहेला,
हमार बात ना सहेला,
जाने का बात बा की,
हम के मारेला ढेला ,
परछाईं ना भेटाला ..जब से चल गईलू तूँ |
शहनाई ना सहाला....
भोरे सूरज लुकाला,
राते चाँद शरमाला,
जाने का बात बा की,
जुगनू दूर चली जाला,
अन्हराइ ना मेटाला ..जब से चल गईलू तूँ |
शहनाई ना सहाला....
बाटे बाग़ मुरझाईल,
बाटे नदियो झुराईल,
जाने का बात बा की,
बरखवो ना आईल |
बसंत आई ना बुझाला ..जब से चल गईलू तूँ |
शहनाई ना सहाला....
- रविन्द्र राजदार
No posts
No posts
No posts
No posts
Comments