
Share0 Bookmarks 48 Reads1 Likes
जिनगी के एक लहर बीत गइल
हार गइल घोर अंधकार, किरन जीत गइल।
बदल गइल रंग, आज रंग असमान के,
निखर गइल रूप, रूप साँझ के, बिहान के,
सिहर गइल तार, हर सितार का बितान के,
आग भइल चिनगी से, साध जुगल जिनगी के
बिखर गइल हर सपना, अधरन से गीत गइल। जिनगी....
बदल गइल परिभाषा आज शूल-फूल के,
रूप आसमान चढ़ल बाग का बबूल के,
परती ना पहिचाने धरती का धूल के,
आर-पार आँगन के, महक उठल चन्दन के,
आपन परतीत गइल, सपना बन मीत गइल। जिनगी....
निखर उठी रूप नया-माटी का दे हके,
भाग नया जाग उठी-खेत के सरेह के,
धरती पर समदरसी दिया जरी ने हके,
आपन बनके थाती, लहकी मुरझल बाती,
जोत नया जाग रहल, परस नया प्रीत गइल। जिनगी....
- रमेश चन्द्र झा
No posts
No posts
No posts
No posts
Comments